दि ब्लू मार्बल
From Wikipedia, the free encyclopedia
दि ब्लू मार्बल (The Blue Marble, भोजपुरी अर्थ:निलकी गोली या नीला रंग के गोली) एगो बहुते परसिद्ध फोटो हवे। ई हमनी की पृथ्वी के फोटो हवे जेवन 7 दिसंबर 1972 के अपोलो 17 आकाशबिमान से खींचल गइल रहे, लगभग 45,000 किलोमीटर (28,000 मील) की दूरी से। ई मनुष्य जाति की इतिहास में एगो सभसे चिन्हारू आ बहुतेरा लोगन के देखल फोटो बाटे।[1][2]
नासा की अभिलेख में एह फोटो के नाँव AS17-148-22727 बाटे। ई फोटो अपोलो आकासबिमान की यात्रिन द्वारा चंद्रमा की ओर जात समय उन्हान लोगन के पृथ्वी कइसन लउकल एकर बहुते निक उदाहरण देखावेले। एह फोटो में सबसे ऊपर की ओर भूमध्य सागर के हिस्सा लउकत बाटे आ दक्खिन में नीचे अंटार्कटिका के बरफटोपी, मोजाम्बिक चैनल एकरी ठीक बीच में लउकत बाटे।
इहे नाँव से नासा 2012 में एगो फोटो सभ के सीरीज भी जारी कइलस जौना में बहुत मेहनत से पृथ्वी के अइसन फोटो सभ के जोड़ के अधगोला के अइसन चित्र बनावे के कोसिस कइल गइल बाटे कि कम से कम हिस्सा बादर से तोपाइल होखे आ फोटो बढियाँ रिसोल्यूशन के होखे।