डोनाल्ड ट्रंप
From Wikipedia, the free encyclopedia
डोनाल्ड ट्रंप (जनम 14 जून 1946) यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के निर्वाचित राष्ट्रपति हवें। ट्रंप, पिछला राष्ट्रपति बराक ओबामा के जगह लिहलें आ अमेरिका के 45वाँ राष्ट्रपति बनलें।[3] वर्तमान में डोनाल्ड ट्रंप दि ट्रंप ऑर्गेनाइजेशन के अध्यक्ष आ चेयरमैन बाड़ें।
डोनाल्ड ट्रंप Donald Trump | |
---|---|
यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के 45वाँ राष्ट्रपति | |
Taking office जनवरी 20, 2017 | |
उप राष्ट्रपति | माइक पेंस |
Succeeding | बराक ओबामा |
निजी जानकारी | |
जनम | (1946-06-14) जून 14, 1946 (उमिर 77) न्यूयार्क सिटी, न्यू यॉर्क, अमेरिका |
राजनीतिक पार्टी | रिपब्लिकन (1987–1999, 2009–2011, 2012–वर्तमान) |
अन्य राजनीतिक जुड़ाव | डेमोक्रेटिक (1987 से पहिले, 2001–2009) रिफॉर्म (1999–2001) निर्दल (2011–2012)[1][2] |
जीवनसाथी |
|
संतान |
|
महतारी संस्था | फोर्डहम यूनिवर्सिटी यूनिवर्सिटी ऑफ पेंसिलवेनिया (BS) |
दस्खत |
ट्रम्प के जनम न्यूयार्क शहर में भइल आ ऊ अर्थशास्त्र में डिग्री लिहले हवें। 2016 में फ़ोर्ब्स सूची में ट्रंप के दुनिया के सभसे धनी लोग में 324वाँ आ अमेरिका में 156वाँ अस्थान बाटे।
ट्रंप जून 2015 में रिपब्लिकन पार्टी के उमीदवार के रूप में अमेरिका के राष्ट्रपति के चुनाव लड़े के घोषणा कइलेन। चुनाव प्रचार के दौरान इनके कई ठे बयान आ ट्विटर पर कइल ट्वीट सब पर बिबाद भइल।
ट्रम्प एह चुनाव में अपने मुकाबिला में लड़ रहल डेमोक्रेटिक कैंडिडेट हिलेरी क्लिंटन के हरा दिहलें आ अब अमेरिका के पैंतालिसवाँ राष्ट्रपति बनलें। ऊ रूजवेल्ट के बाद दुसरा अइसन राष्ट्रपति बाड़ें जे न्यूयॉर्क में पैदा भइल होखे।