जॉन कीट्स
From Wikipedia, the free encyclopedia
जॉन कीट्स (John Keats; /kiːts/; 31 अक्टूबर 1795 – 23 फरवरी 1821) एगो अंगरेज कवी रहलें। रोमांटिक कबिता के प्रमुख कवी लोग में इनके नाँव गिनावल जाला। ई एह साहित्यिक दौर के दूसरा पीढ़ी के कवी रहलें जेह में लार्ड बायरन आ पर्सी बिश शेली के साथ मिलल। इनके बहुत कमे उमिर में, 1821 में बस पचीसे साल में निधन भ गइल आ इनके निधन से खाली चार साल पहिले इनके कबिता सभ के संग्रह छपल, इनके पर्याप्त परसिद्धि मिलल।[1]
जॉन कीट्स | |
---|---|
जनम | (1795-10-31)31 अक्टूबर 1795 मूरगेट, लंदन, इंग्लैंड |
निधन | 23 फरवरी 1821(1821-02-23) (उमिर 25) रोम, पोप के राज्य |
मौत के वजह | टीबी (बेमारी) |
पेशा | कवी |
महतारी संस्था | किंग्स कॉलेज, लंदन |
साहित्यिक आंदोलन | रोमांटिसिस्म |
रिश्तेदार | जॉर्ज कीट्स (भाई) |
इनकर कबिता सभ के इनका जिनगी में भले समालोचक लोग के धियान ना मिलल, इनके मुआला के कुछे समय बाद इनकर महत्व बढ़ल आ 19वीं सदी आवत-आवत ई सगरी अंग्रेजी कवी लोग में से सभसे प्रिय अंगरेज कवी लोग में से एक बन गइलें। इनके बाद के कवी आ लेखक सभ पर इनकर ब्यापक परभाव पड़ल। जॉन लुई बोर्जेस के कहनाम की कीट्स के साहित्य से पहिला परिचय उनके जिनगी के सभसे महत्व वाला साहित्यिक अनुभव रहल।[2]