जीवप्रदेश
From Wikipedia, the free encyclopedia
जीवप्रदेश भा बायोरीजन (अंग्रेजी: bioregion) इकोलॉजिकल आ भूगोलीय रूप से परिभाषित क्षेत्र होला जे कौनों जीवभूगोलीय मंडल (बायोज्यॉग्रफिकल रील्म) से छोट होखे ला, बाकी कौनों इकोप्रदेश (इकोरीजन) भा इकोसिस्टम से बड़हन होखे ला। ई 1998 में ओल्सन आ डाइनरस्टेन द्वारा वल्ड वाइड फंड फॉर नेचर के जीवभूगोलीय बर्गीकरण सिस्टम ग्लोबल 200 के पारिभाषिक शब्दावली हवे। एह बर्गीकरण इस्कीम के अलावा एह शब्द के इस्तेमाल साधारण अरथ में भी करे के कोसिस कइल गइल बा जइसे कि "जीवभूगोलीय क्षेत्र" भा "जीवभूगोलीय इकाई" के रूप में।[1]
कांसेप्ट के रूप में ई इकोप्रोविंस के नियर भा एकरे समकक्ष हवे जे Demarchi (1996) द्वारा दिहल गइल रहे।[2]
पर्यावरणवादी लोगन खातिर एह शब्द के कुछ अलगा किसिम के अरथ भी हो सके ला जेह अरथ में एह शब्द के इस्तेमाल Berg आ Dasmann (1977) द्वारा कइल गइल रहे।[3][4]