जम्मू अउरी काश्मीर
From Wikipedia, the free encyclopedia
जम्मू काश्मीर चाहे जम्मू अउरी काश्मीर भारत के 8 गो संघ राज्यक्षेत्र (केंद्रशासित प्रदेश) में से एगो संघ राज्यक्षेत्र बाटे। एकर राजधानी श्रीनगर आ जम्मू में स्थित बा। ई संघ राज्य क्षेत्र एगो बड़हन भूगोलीय इलाका काश्मीर के हिस्सा हवे आ 31 अक्टूबर 2019 के संघ राज्यक्षेत्र के रूप में अस्तित्व में आइल। एकरा पहिले ई भारत के जम्मू काश्मीर राज्य के हिस्सा रहल जेकरा के दू हिस्सा में बाँटल गइल, दुसरका हिस्सा लद्दाख के भी संघ राज्यक्षेत्र के दर्जा मिलल।
Quick Facts जम्मू अउरी काश्मीर, देश ...
जम्मू अउरी काश्मीर | |
---|---|
भारत के संघ राज्यक्षेत्र | |
देश | भारत |
संघ राज्यक्षेत्र | 31 अक्टूबर 2019 |
राजधानी | श्रीनगर (मई-अक्टूबर) जम्मू (नवंबर-अप्रैल)[1] |
जिला | 20 |
Area | |
• Total | 42,241 किमी2 (16,309 बर्ग मील) |
Population (2011) | |
• Total | 12,258,433 |
• Density | 290/किमी2 (750/बर्ग मील) |
Time zone | UTC+05:30 (IST) |
Website | https://www.jk.gov.in/jammukashmir/ |
Close
वर्तमान में एह में जम्मू मंडल आ काश्मीर मंडल के रूप में 2 गो मंडल आ इनहन के अंदर कुल 20 गो जिला बाड़ें। ई एगो अइसन संघ राज्यक्षेत्र बनावल गइल बा जेकर आपन बिधानसभा होखी।