जनसंख्या भूगोल
मानव भूगोल के शाखा / From Wikipedia, the free encyclopedia
जनसंख्या भूगोल चाहे आबादी क भूगोल (अंग्रेजी: population geography) मानव भूगोल के शाखा हवे जे पृथिवी प मनुष्य के आबादी के भूगोलीय अध्ययन करे ला। जनसंख्या भूगोल में एह बात के अध्ययन कइल ला कि जनसंख्या के बितरण, गढ़न, एक जगह से दुसरा जगह प्रवास, जनबृद्धि वगैरह जगह या स्थान के साथ कइसे संबंधित बा। यानि ई बिसय, जनसंख्या बिज्ञान के बिबिध पहलू सभ पर स्थानिक आ क्षेत्रीय परभाव के अध्ययन करे ला आ कौनों जगह के सामान्य भूगोल में जनसंख्या संबंधी पहलू सभ के विवेचना भी करे ला।