चीन के देवाल
From Wikipedia, the free encyclopedia
चीन के देवाल (अंग्रेजी: Great Wall of China; ग्रेट वाल ऑफ़ चाइना, अरथ: चीन के बिसाल देवालि) चीन में किलेबंदी के देवाल सभ हईं जे प्राचीन काल आ राजबंस काल के दौरान चीन के यूरेशियाई स्टेपी के घुमंतू उत्तरी हमलावर लोगन से बचावे खाती अलग-अलग समय पर अलग-अलग राजा लोगन द्वारा बनावल गइलीं। एह देवाल सभ में से कुछ त सातवीं सदी ईसा पूर्ब में बनावल गइल रहलीं आ देवाल बनावे के ई काम बाद के जमाना में अलग-अलग चौहद्दी के सहारे जारी रहल। इनहन में से मिंग बंस (1368–1644) के राजा लोग के बनवावल मिंग देवाल सभसे परसिद्ध हवे।
Quick Facts General information, Type ...
Great Wall of China | |
General information | |
---|---|
Type | Fortification |
Country | चीन |
Coordinates | 40.68°N 117.23°E / 40.68; 117.23 |
Technical details | |
Size | 21,196 किमी (13,171 मील)[1] |
ऑफिशियल नाँव | The Great Wall |
प्रकार | Cultural |
पैमाना | i, ii, iii, iv, vi |
तिथी | 1987 (11th session) |
रिफरेंस नं॰ | 438 |
State Party | China |
Region | एशिया-प्रशांत |
Close
ई देवाल पुरुब में लिआओडांग से ले के पच्छिम में लोप नोर तक ले कई टुकड़ा सभ में बा। 1987 में एकरा के यूनेस्को के बिस्व धरोहर में सामिल कइल गइल।