ग्रेट लेक्स
उत्तर अमेरिका में झील सभ / From Wikipedia, the free encyclopedia
बड़की झील या महान झील सभ[1] पाँच गो झीलवन के झुण्ड हवे जेवन अमेरिका आ कनाडा की बिचा में बाड़ी आ इन्हन के पानी सेंट लारेंस नदी से हो के अटलांटिक महासागर में गिरेला। क्रमसे पच्छिम से पुर्रुब की ओर, सुपीरियर झील, मिशिगन झील, ह्यूरन झील, इरी झील, आ ओंटारियो झील पाँचों मिल के दुनिया के सभसे बड़का मीठा पानी के भंडार बनावे लीं।[2][3][4] इनहन के कुल सतही क्षेत्रफल 94,250 वर्ग मील (244,106 किमी2) आ कुल आयतन 5,439 घन मील (22,671 किमी3) बाटे।[5] सुपीरियर झील दुनिया क दुसरकी सभसे बड़की झील हवे आ मिशिगन झील कौनों एगो देस की सीमा में स्थित सभसे बड़हन झील हवे।[6][7][8][9]