ग्रेज़ एनैटमी
From Wikipedia, the free encyclopedia
ग्रेज़ एनैटमी (अंग्रेजी: Gray's Anatomy) अंग्रेजी भाषा के एगो किताब हवे जे शरीर के रचना, यानी अलग-अलग अंग सभ के बिबरन, जेकरा के शरीररचना बिज्ञान चाहे अंग्रेजी में एनैट्मी कहल जाला, के पढ़ाई करे खाती लिखल गइल हवे। एकर मूल लेखक हेनरी ग्रे रहलें।
Quick Facts लेखक, मूल टाइटिल ...
लेखक | Henry Gray |
---|---|
मूल टाइटिल | Anatomy: Descriptive and Surgical |
चित्रकार | Henry Vandyke Carter |
देस | इंग्लैंड |
भाषा | अंग्रेजी |
बिसय | शरीर रचना |
छपे के तिथी | 1858 |
Close
ई किताब पहिली बेर 1858 में इंग्लैंड में छपल। शरीर रचना के बिबरन के क्षेत्र में ई किताब बहुत जबरदस्त परभाव वाली रहल आ इहे कारन बा कि मूल किताब के आज तक ले सुधारल आ छापल जा रहल बाटे। साल 2018 तक ले, एकर सभसे नाया संस्करण 41वाँ संस्करण रहल जे 2015 में छपल