गिनी के खाड़ी
अफिरका के पच्छिम में एगो खाड़ी / From Wikipedia, the free encyclopedia 0
गिनी के खाड़ी (अंग्रेजी: Gulf of Guinea) अटलांटिक महासागर के उष्णकटिबंधी हिस्सा के सभसे उत्तरपूरबी भाग हवे जे गैबोन के केप लोपेज से लाइबेरिया के केप पाल्मास ले बिस्तर लिहले बाटे। एही खाड़ी में बिसुवत रेखा आ प्राइम मेरिडियन एक दुसरे के काटे लीं।
Quick Facts Gulf of Guinea, निर्देशांक ...
Gulf of Guinea | |
---|---|
निर्देशांक | 0°0′N 0°0′E |
नदी स्रोत | Niger |
समुंद्री स्रोत | Atlantic Ocean |
थाला के देस | Liberia, Ivory Coast, Ghana, Togo, Benin, Nigeria, Cameroon (Ambazonia), Equatorial Guinea, Gabon, São Tomé and Príncipe, Republic of Congo, Democratic Republic of Congo, Angola |
सतह क्षेत्र | 2,350,000 किमी2 (2.53×1013 वर्ग फु) |
दीप | Bioko, São Tomé, Príncipe, Ilhéu Bom Bom, Ilhéu Caroço, Elobey Grande, Elobey Chico, Annobón, Corisco, Bobowasi |
Close
कई गो नदी एह खाड़ी में गिरे लीं जिनहन में नाइजर आ वोल्टा नदी प्रमुख बाड़ी स। एह खाड़ी के भीतर बेनीन के खाड़ी (बाईट ऑफ़ बेनिन) आ बोनी के खाड़ी (बाईट ऑफ़ बोनी) प्रमुख थलरूप बाड़ी स।