गाजा पट्टी
फलस्तीन के खुद-शासित क्षेत्र जे इस्राएल आ मिस्र के लगे बाटे / From Wikipedia, the free encyclopedia
गाजा पट्टी, (/ˈɡɑːzə/;[3] अरबी: قِطَاعُ غَزَّةَ बिबिध उच्चारण: ग़ाज़ा, ग़ज़ा चाहे ग़ाज़्ज़ह्) या बस गाजा, भूमध्य सागर के पूरबी तीरे पर एगो सकेत जमीन बा जेकर सीमा पूरुब आ उत्तर में इसराइल आ दक्खिन-पच्छिम में मिस्र से सटल बा। 20 लाख के आबादी वाला, करीबन 365 वर्ग किलोमीटर पर गाजा, अगर एकरा के शीर्ष स्तर के राजनीतिक इकाई मानल जाय तब दुनिया के तीसरा सभसे घन आबादी वाला के रूप में गिनल जाला। ई दू गो फलस्तीनी इलाका सभ में से एक हवे, वेस्ट बैंक के साइड में। साल 2007 से एह इलाका पर राजनीतिक आ उग्रवादी इस्लामिक समूह हमास के शासन चल रहल बा आ ई एक तरह के नाकाबंदी में बा जेकरा चलते मानवाधिकार संगठन एकरा के "ओपेन एयर जेल" (खुल्ला आस्मान के तरे जेल) कहे लें।
गाजा पट्टी قطاع غزة | |
---|---|
फ़िलिस्तीन के झंडा | |
इस्टेटस | |
राजधानी | गाजा शहर 31°30′53″N 34°27′15″E |
सभसे बड़ शहर | गाजा शहर |
ऑफिशियल भाषा | अरबी |
एथनिक ग्रुप | फ़िलिस्तीनी |
धरम |
|
रकबा | |
• कुल | 365 किमी2 (141 वर्ग मील) |
जनसंख्या | |
• 2022 अनुमान | 2,375,259[2] |
• Density | 6,507/किमी2 (16,853.1/वर्ग मील) |
टाइम जोन | फ़िलिस्तीनी समय (यूटीसी+2) |
• गर्मीं में (डीएसटी) | पीएसटी (यूटीसी+3) |
कालिंग कोड | +970 |
|
गाजा पट्टी के ज्यादातर लोग रिफ्यूजी लोगन के वंशज हवे जे 1948 के अरब-इजरायल युद्ध के बाद इजराइल बनल इलाका से भाग गइल या निकाल दिहल गइल। गाजा के 8 गो रिफ्यूजी कैंप सभ में लगभग 6,00,000 गाजा लोग रहे ला। अधिकतर गाजा के लोग सुन्नी मुसलमान हवे, आ फिलिस्तीनी ईसाई लोग एहिजा अल्पसंख्यक बा। गाजा के सालाना जनसंख्या बढ़ती दर 2.91% (2014 अनुमान) बाटे, ई दुनिया के 13वाँ सभसे तेज दर बाटे आ अक्सर एकरा के भीड़भाड़ वाला कहल जाला। गाजा में पानी, बिजली आ दवाई के कमी बा। संयुक्त राष्ट्र के साथे-साथ कम से कम 19 गो मानवाधिकार संगठन इजरायल से गाजा पर आपन घेराबंदी हटावे के निहोरा कइले बाड़ें, जबकि यूएनसीटीएडी के एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा, जवन संयुक्त राष्ट्र महासभा खातिर तइयार भइल आ 25 नवंबर 2020 के जारी भइल. कि गाजा के अर्थव्यवस्था पतन के कगार पर बा आ नाकाबंदी हटावल बहुते जरूरी बा।
हाल में, अक्टूबर 2023 में ई फिर से जुद्ध के मैदान बनल बाटे।