खैबर पख्तूनख्वा
पाकिस्तान के प्रांत / From Wikipedia, the free encyclopedia
खैबर पख्तूनख्वा पाकिस्तान के पाँच गो प्रांत में से एगो प्रांत हवे। ई पाकिस्तान के उत्तर-पच्छिमी इलाका में अफगानिस्तान बाडर के सहारे स्थित प्रांत बा। एकर पुरान नाँव नार्थ वेस्टर्न फ्रंटियर प्रांत (भा खाली फ्रंटियर) हवे आ साल 2010 में बदल के वर्तमान नाँव रखाइल। आबादी आ आर्थिक उत्पादन के हिसाब से ई पाकिस्तान के तिसरा नमर के राज्य हवे बाकी रकबा के हिसाब से ई पाँचो प्रांत में सभसे छोट हवे।
Quick Facts खैबर पख्तूनख्वा خیبر پښتونخوا خیبر پختونخواہ, राजधानी ...
खैबर पख्तूनख्वा
خیبر پښتونخوا خیبر پختونخواہ | |||
---|---|---|---|
प्रांत | |||
Nicknames: फ्रंटियर, फ्रंटियर प्रोविंस, सरहद | |||
Coordinates (पेशावर): 34.00°N 71.32°E / 34.00; 71.32 | |||
राजधानी | पेशावर | ||
Area | |||
• Total | 101,741 किमी2 (39,282 बर्ग मील) | ||
Population (2017)[1] | |||
• Total | 35,525,047 | ||
• Density | 350/किमी2 (900/बर्ग मील) | ||
असेंबली सीट | 124 | ||
जिला | 34 | ||
Website | www |
Close
खैबर पख्तूनख्वा के राजधानी पेशावर हवे आ ई गिलगित-बल्तिस्तान, आजाद काश्मीर, इस्लामाबाद राजधानी क्षेत्र, पंजाब आ सिंध प्रांत के साथे बाडर बनावे ला। हेइजा के सबसे ढेर आबादी पख्तून लोगन के हवे।
अमेरिका में भइल 9/11 हमला सभ के बाद ई इलाका बिबिध किसिम के मिलिटेंसी वाला रहल हवे।