क्रिसमस दीप
From Wikipedia, the free encyclopedia
"क्रिसमस आइलैंड" इहाँ अनुप्रेषित बाटे। अन्य अरथ आ जगहन खातिर, देखल जाय क्रिसमस आइलैंड (बहुअर्थी)।
क्रिसमस दीप चाहे क्रिसमस आइलैंड (ऑफिशियल: the Territory of Christmas Island, दि टेरिटरी ऑफ़ क्रिसमस आइलैंड) ऑस्ट्रेलिया के एगो बाहरी राज्यक्षेत्र (टेरिटरी) हवे जे हिंद महासागर में जावा आ सुमात्रा दीप सब से लगभग 350किमी के दूरी पर आ ऑस्ट्रेलिया के मुख्य भूमि से लगभग 1,550किमी के दूरी पर बाटे। ई एगो दीप हवे जेकर रकबा लगभग 135 वर्ग किलोमीटर बाटे।