कोशी प्रदेश
नेपाल के एगो प्रदेश / From Wikipedia, the free encyclopedia
कोशी प्रदेश, जेकर पुरान नाँव प्रदेश संख्या 1 रहल, नेपाल के सात गो प्रदेश सभ में से एगो ह। 20 सितंबर 2015 के लागू भइल संविधान में नया सात गो प्रदेश सभ के प्रावधान कइल गइल।[1]
कोशी प्रदेश | |
---|---|
ऊपर से घड़ी के चाल अनुसार: माउंट एवरेस्ट, कंचनजंघा, गोक्यो झील, नाम्चे बजार, बरुन घाटी, इलाम, हलेसी महादेव मंदिर आ तांगबोचे मठ | |
Coordinates (विराटनगर): 26°27′15″N 87°16′47″E | |
देश | नेपाल |
स्थापित | 20 सितंबर 2015 |
राजधानी | विराटनगर (अंतरिम) |
बड़हन शहर | बिराटनगर |
जिला सभ | 14 |
Government | |
• Body | कोशी प्रदेश सरकार |
Area | |
• Total | 25,905 किमी2 (10,002 बर्ग मील) |
Population (2011) | |
• Total | 4,534,943 |
• Density | 180/किमी2 (500/बर्ग मील) |
Demonym | पूर्वेली |
Time zone | UTC+5:45 (नेपाल मानक समय) |
Geocode | NP-ON |
इ प्रदेश के पूर्व में भारत के सिक्किम राज्य बा आ साथ में पश्चिम बंगाल के उत्तरी हिस्सा दार्जीलिंग सटल बा। उत्तर में हिमालय के ओह पार तिब्बत स्थित बा त दक्षिण में भारत के बिहार स्थित बा।
25,905 वर्ग किमी में फैलल क्षेत्र में पर्वतीय हिस्सा 10,438 किमी2 जगह छेंकले बा। पहाड़ी हिस्सा 10,749 किमी2 जगह छेंकले बा त पूर्वी तराई क्षेत्र 4,718 किमी2 के जगह छेंकले बा।
निर्वाचन क्षेत्र सीमांकन आयोग (CDC) के रिपोर्ट के हिसाब से कोशी प्रदेश में फर्स्ट पास्ट द पोस्ट निर्वाचन प्रणाली के तहत 28 गो संसदीय सीट आ 56 गो प्रादेशिक सीट बा।[2] 17 जनवरी 2018 के भइल मंत्रिमंडल के मीटिंग में विराटनगर के कोशी प्रदेश के अंतरिम राजधानी आ गोविंद सुब्बा के गवर्नर घोषित कइल गइल बा।[3][4][5]
2011 के जनगणना के हिसाब से लगभग 45 लाख लोग ई प्रदेश में निवास करेला लोग, जेकर घनत्व 175.6 प्रति वर्ग किमी बा।[6]