कार्लोस अल्काराज
स्पेनी टेनिस खेलाड़ी (जनम 2003) / From Wikipedia, the free encyclopedia
कार्लोस अल्कारा गार्फ़ीया (अंग्रेजी: Carlos Alcaraz Garfia; जनम 5 मई 2003) जिनके कार्लोस अल्काराज के नाँव से परसिद्धि बा, स्पेन के प्रोफेशनल टेनिस खेलाड़ी बाड़ें। फिलहाल June 2023 तक ले [update], एसोसिएशन ऑफ टेनिस प्रोफेशनल्स (एटीपी) के ओर से उनुका के सिंगल में बिस्व नंबर 1 के अस्थान मिलल बा। अल्काराज एटीपी टूर स्तर के दस गो सिंगल खिताब जीत चुकल बाड़न जवना में 2022 के यूएस ओपन आ चार गो मास्टर्स 1000 खिताब शामिल बाड़ें। यूएस ओपन जीत के साथ अल्काराज 19 साल, 4 महीना, आ 6 दिन के उमिर में सिंगल रैंकिंग में टॉप करे वाला सभसे कम उमिर के मरद खेलाड़ी बन गइलें आ ओपन एरा में मर्दाना रैंकिंग में टॉप करे वाला पहिला किशोर (टीनएजर) बन गइलें।[3][4][5]
Quick Facts Full name, Country (sports) ...
Full name | कार्लोस अल्काराज़ गार्फिया |
---|---|
Country (sports) | स्पेन |
Residence | विलेना, स्पेन |
Born | (2003-05-05) 5 मई 2003 (उमिर 20) एल पाल्मर, म्यूर्सिया, स्पेन |
Height | 1.83 मी (6 फुट 0 इंच)[1] |
Turned pro | 2018 |
Plays | दयँ-हत्था (दुनो-हाथ बैकहैंड) |
Coach(es) | जुआन कार्लोस फरेरो |
Prize money | US$14,267,635[2] |
Career record | 170–47 |
Career record | 3–3 |
Career titles | 0 |
Highest ranking | नं. 519 (26 मई 2022) |
Last updated on: 22 मई 2023. |
Close