काराकोरम दर्रा
From Wikipedia, the free encyclopedia
काराकोरम दर्रा (अंग्रेजी: Karakoram Pass) भारत आ चीन के बीचा में काराकोरम परबत पर एगो पहाड़ी दर्रा बाटे। ई भारत के लद्दाख के लेह आ चीन के तारिम बेसिन में मौजूद यारकंद के बीचा में बहुत पुराना जमाना के आवाजाही के रस्ता आ ब्यापारिक रूट रहल हवे जे अब बिबाद के चलते बंद बाटे। एह दर्रा के ऊँचाई 5,540 मी या 18,176 फीट[1] बा आ ई कुछ सभसे ऊँच दर्रा सभ में गिनल जाला आ आसपास दूर-दूर ले कौनों बनस्पति न होखे के कारन पुराना समय से पार करे में खतरनाक रास्ता सब में गिनल जाला। काराकोरम शब्द के अरथ करिया बजरी होला जे एह रस्ता आ आसपास के करिया चट्टान सभ के कारन रखल गइल हवे।
Quick Facts कराकोरम दर्रा, Elevation ...
कराकोरम दर्रा | |
---|---|
Elevation | 5540 m |
Traversed by | Robert Shaw (1868); Francis E. Younghusband (1889); Theodore Jr. and Kermit Roosevelt (1926). |
Location | भारत-चीन सीमा |
Range | काराकोरम |
Coordinates | 35°30′48″N 77°49′23″E |
Close
कराकोरम दर्रा |