ऑस्ट्रेलिया के भूगोल
ऑस्ट्रेलिया के भूगोलीय चीज सब के बिबरन / From Wikipedia, the free encyclopedia
ऑस्ट्रेलिया के भूगोल में भारी बिबिधता देखे के मिले ला आ कई किसिम के जीवभूगोलीय क्षेत्र एह दुनियाँ के सभसे छोट महादीप में पावल जालें, जबकि ई दुनियाँ के छठवाँ सबसे बड़हन देस हवे। आस्ट्रेलिया के अधिकतर आबादी एकरे पूरबी आ दक्खिन-पूरबी किनारा पर बसल बाटे। एह महादीप के भूगोल बहुत बिबिधता वाला बा जहाँ एक ओर आस्ट्रेलियाई आल्प्स आ तस्मानिया के बरफ से तोपाइल पहाड़ बाने ओहिजे बिसाल रेगिस्तान आ अध-सूखा जमीन से ले के उष्णकटिबंधी आ शीतोष्णकटिबंधी बन, घास के मैदान आ खुला जंगल पावल जालें।
Quick Facts महादीप, क्षेत्र ...
महादीप | ऑस्ट्रेलिया |
---|---|
क्षेत्र | ओशियानिया |
लोकेशन | 27.000°S 144.000°E / -27.000; 144.000 |
रकबा | Ranked 6वाँ |
• कुल | 7,686,850 किमी2 (2,967,910 वर्ग मील) |
• जमीन | 99% |
• पानी | 1% |
तटरेखा | 59,681 किमी (37,084 मील) |
सीमा | none |
सभसे ऊँच जगह | माउंट कोज़ियोस्को 2,228 मी (7,310 फीट) |
सभसे निचाई के जगह | एयर झील, −15 मी (−49 फीट) |
सबसे लमहर नदी | मरे नदी, 2,375 किमी (1,476 मील) |
सबसे बड़हन झील | एयर झील 9,500 किमी2 (3,668 वर्ग मील) |
जलवायु | Mostly desert or semi-arid, south-east and south-west corners: temperate, north: tropical climate, varied between tropical rainforests, grasslands, part desert, mountainous areas: subantarctic tundra |
टेरेन | mostly low plateau with deserts, rangelands and a fertile plain in the southeast; mountain ranges in the east and south-east. |
प्राकृतिक संसाधन | minerals, coal, and timber |
प्राकृतिक आफत-बिपत | Cyclones along the northern coasts, severe thunderstorms, droughts, occasional floods, heat waves, and frequent bushfires |
एक्सक्लूजिव आर्थिक क्षेत्र | 8,148,250 किमी2 (3,146,060 वर्ग मील) |
Close
आस्ट्रेलिया के आसपास के देसन के बात कइल जाय तब इंडोनेशिया, पूर्ब तिमोर, आ पापुआ न्यू गिनी एकरे उत्तर में बाड़ें; सोलोमन दीप, वानुआतु आ न्यू कैलेडोनिया के फ्रांसीसी निर्भर-क्षेत्र एकरे पूरुब में बाड़ें; आ दक्खिन ओर न्यूजीलैंड बा।