उत्तर प्रदेश
भारत के एगो राज्य / From Wikipedia, the free encyclopedia
उत्तर प्रदेश भारत क सभसे ढेर जनसंख्या वाला राज्य आ दुनिया में सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस-उपबिभाग बाटे। भारतीय उपमहादीप के उत्तरी-बिचला इलाक में पड़े वाला एह राज्य के कुल आबादी लगभग 200 मिलियन (20 करोड़)बाटे। लखनऊ एह राज्य के राजधानी हवे।
उत्तर प्रदेश | ||
---|---|---|
From top, left to right: Taj Mahal, Prem Mandir in Vrindavan, Fatehpur Sikri, Sarnath, Manikarnika Ghat, New Yamuna Bridge | ||
Coordinates: 26.85°N 80.91°E / 26.85; 80.91 | ||
देस | भारत | |
राज्य के दर्जा | 26 जनवरी 1950 | |
राजधानी | लखनऊ | |
जिला | 75[1] | |
Government | ||
• Body | उत्तर प्रदेश सरकार | |
• राज्यपाल | आनंदी बेन पटेल[2] | |
• मुख्यमंत्री | योगी आदित्यनाथ (भाजपा) | |
• बिधानसभा |
| |
• संसद सीट | ||
• हाइकोर्ट | इलाहाबाद हाइकोर्ट | |
Area | ||
• Total | 240,928 किमी2 (93,023 बर्ग मील) | |
• Rank | 4था | |
Population (2011)[1] | ||
• Total | 199,281,477 | |
• Rank | 1 | |
• Density | 830/किमी2 (2,100/बर्ग मील) | |
भाषा | ||
• ऑफिशियल | हिंदी | |
• दूसर ऑफिशियल | उर्दू | |
• अन्य लोकल | भोजपुरी, अवधी | |
Time zone | UTC+05:30 (आइएसटी) | |
UN/LOCODE | IN-UP | |
Vehicle registration | UP 01—XX | |
एचडीआइ | 0.5415 (medium) | |
एचडीआइ रैंक | 18वाँ (2007-08) | |
साक्षरता |
| |
Website | www.up.gov.in |
ब्रिटिश शासन के दौरान 1 अप्रैल 1937 के यूनाइटेड प्रोविंस के नाँव से ई प्रदेश के रूप में बनावल गइल आ आजादी के बाद 1950 में एकर नाँव बदल के उत्तर प्रदेश रखाइल। 9 नवंबर 2000 के एह राज्य से उत्तरी पहाड़ी इलाका के अलग क के उत्तरांचल (अब उत्तराखंड) राज्य बनल। वर्तमान में, प्रशासन खातिर ई अठारह गो मंडल आ 75 जिला में बिभाजित कइल गइल बा।
भूगोलीय रूप से ई राज्य गंगा के मैदान के सपाट हिस्सा में स्थित बा आ इहाँ उष्णकटिबंधीय मानसूनी जलवायु पावल जाले। राज्य के पछिम ओर राजस्थान; उत्तर-पच्छिम में हरियाणा, दिल्ली आ हिमाचल प्रदेश; उत्तर में उत्तराखंड आ नेपाल; पूरुब ओर बिहार आ दक्खिन ओर मध्य प्रदेश बाड़ें; जबकि एकदम दक्खिन-पूरुब के छोर पर एकर कुछ सीमा झारखंड आ छत्तीसगढ़ के साथ भी सटल बा। कुल 243,290 बर्ग किलोमीटर (93,933 बर्गमील) रकबा वाला ई राज्य भारत के 7.33% भाग हवे आ चउथा सबसे बड़ राज्य भी हवे।
अर्थब्यवस्था के आकार के मामिला में ई भारत के तीसरा सभसे बड़ राज्य बा जहाँ जीडीपी ₹9,763 बिलियन (US$150 बिलियन) बाटे। खेती आ सर्विस क्षेत्र प्रमुख आर्थिक कामकाज बाड़ें; सर्विस सेक्टर में परिवहन, पर्यटन, होटल, अचल संपत्ति, इंशोरेंस आ फाइनेंस संबंधी चीज सामिल बाटे। गाजियाबाद, बुलंदशहर, कानपुर, गोरखपुर, इलाहाबाद, भदोही, रायबरेली, मुरादाबाद, बरेली, अलीगढ़, सोनभद्र, आ बनारस एह राज्य में औद्योगिक रूप से महत्व वाला शहर बाने।
प्राचीन आ मध्य्कालीन दौर में उत्तर प्रदेश ताकतवर राज सभ के भूमि रहल बा। इहाँ प्राकृतिक आ इतिहासी पर्यटन के कई जगह बा जइसे की आगरा, बनारस, कौशांबी, बलियाँ, श्रावस्ती, गोरखपुर, कुशीनगर, लखनऊ, इलाहाबाद वगैरह। धार्मिक रूप से हिंदू धर्म के सबसे प्रमुख शाखा वैष्णव मत के दू गो अवतार राम आ कृष्ण एही राज्य में पैदा भइल बतावल जालें आ अजोध्या आ मथुरा प्रसिद्ध धार्मिक तीर्थ हवें। गंगा के तीरे बसल बनारस आ गंगा आ यमुना नदी के संगम पर मौजूद इलाहाबाद के हिंदू धरम में बहुत महत्व बा। दूर उत्तर-पूरुब कोना पर मौजूद गोरखपुर नाथ सम्प्रदाय के संस्थापक गोरखनाथ के भूमि मानल जाले।