उत्तर अमेरिका के भूगोल
From Wikipedia, the free encyclopedia
उत्तर अमेरिका के भूगोल (अंग्रेजी: Geography of North America) के तहत दुनियाँ के तिसरा सभसे बड़ महादीप (अफिरका आ एशिया के बाद)[1], उत्तर अमेरिका के थलरूप, हावापानी, बनस्पति से ले के खेतीकिसानी आ संसाधन अउरी उद्योग नियर मानवीय चीज सभ के भूगोलीय बिबरन प्रस्तुत कइल जाला। उत्तर अमेरिका, दुन्नों अमेरिका सभ के सड़मेंड़ सुपर महादीप सभ के उत्तरी हिस्सा हवे। ई पनामा के थलजोड़ (इस्थमस ऑफ़ पनामा) द्वारा दक्खिन अमेरिका महादीप से जुड़ल बा आ पनामा नहर इनहन के बिलग करे ले। राजनीतिक सीमा के रूप में, पनामा-कोलंबिया बाडर एह दुनों महादीप सभ के अलगा करे ला। एकरा के थलरूप के बिसेसता के आधार पर कई हिस्सा में बाँटल जा सके ला आ ई मानवीय हिसाब से दुनियाँ से सभसे शहरी महादीप भी हवे।
उत्तर अमेरिका के बिस्तार 24,709,000 वर्ग किलोमीटर (9,540,000 बर्गमील) क्षेत्र पर बा जे पूरा पृथ्वी के 16.5 % जमीनी हिस्सा आ लगभग 4.8 % कुल क्षेत्रफल के हिस्सा के रूप में बाटे। 2013 में, एह महादीप के आबादी के अनुमान 579 मिलियन लगावल गइल रहल जेह में कुल 23 गो आजाद देस सामिल रहलें, ई पूरा दुनियाँ के जनसंख्या के लगभग 7.5 % हिस्सा रहल, अगर आसपास के दीप सभ (ज्यादतर कैरीबियन दीप) के सामिल क लिहल जाय।