ईस्टर
ईसाई लोगन के तिहुआर / From Wikipedia, the free encyclopedia
ईस्टर (अंग्रेजी: Easter) एगो तिहुआर आ छुट्टी के दिन हवे जे ईसा मसीह के दुबारा जीवित होखे के उपलक्ष में मनावल जाला। न्यू टेस्टामेंट के मोताबिक यीशु सूली पर चढ़ावल जाए के तिसरा दिने दोबारा जिंदा भ गइल रहलें; जबकि येरुशलम के बाहर कैलवेरी में लगभग 30 AD में उनके शुक के दिने सूली पर चढ़ावल गइल रहे। ईसाई लोग ईस्टर से पहिले वाला हप्ता के पबित्र हप्ता (होली वीक) के रूप में मनावे ला; एही हप्ता में गुड फ्राइडे पड़े ला जहिया सूली दिहल गइल रहे। ईस्टर अतवार के मनावल जाला आ एकरे अगिला दिन के ईस्टर सोमार (ईस्टर मंडे) के रूप में मनावल जाला।
Quick Facts ईस्टर, प्रकार ...
ईस्टर | |
---|---|
प्रकार | ईसाई धर्म, सांस्कृतिक |
महत्त्व | ईसा मसीह (यीशु) के दोबारा जिंदा हो जाए के खुसी |
मनावे के तरीका | चर्च में पूजा प्रार्थना, तिहुआर के भोज, ईस्टर अंडा सजावल, आ गिफ्ट दिहल |
Observances | प्रार्थना, जागरण, सनराइज सर्विस |
समय | कंप्यूटस द्वारा गणना |
2023 तारीख |
|
2024 तारीख |
|
संबंधित बा | पासओवर |
Close