इरफ़ान ख़ान
From Wikipedia, the free encyclopedia
इरफ़ान ख़ान (7 जनवरी 1967 – 29 अप्रैल 2020), जिनके खाली इरफ़ान के नाँव से भी जानल जाला[3][4] हिंदी सिनेमा में काम करे वाला एगो भारतीय एक्टर आ प्रोड्यूसर रहलें। बॉलीवुड के अलावा ई कई ब्रिटिश फिलिम सभ में आ हॉलीवुड फिलिम सभ में भी काम कइलें। साल 2011 में भारत सरकार इनका के पद्म श्री से सम्मानित कइलस। इरफान मक़बूल, सात खून माफ, स्लमडाग मिलेनियर, लाइफ इन मेट्रो, द लंच बाक्स, पीकू, तलवार, हिंदी मी़डियम आऊर इंगलिश मीडियम जइसन शानदार फिलिम में काम कइने।
Quick Facts इरफ़ान ख़ान, जनम ...
इरफ़ान ख़ान | |
---|---|
जनम | साहबजादे इरफान अली खान[1] (1967-01-07) 7 जनवरी 1967 (उमिर 57) भरतपुर, राजस्थान |
निधन | 29 अप्रैल 2020(2020-04-29) मुम्बई, महाराष्ट्र, भारत[2] |
राष्ट्रीयता | भारतीय |
दूसर नाँव | इरफ़ान |
महतारी संस्था | नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा |
पेशा | फिलिम एक्टर, प्रोड्यूसर |
सक्रियता साल | 1988–अबतक |
जीवनसाथी | सुतापा सिकदर (बि. 1995) |
संतान | 2 |
सम्मान/पुरस्कार | पद्मश्री (2011) |
Close
न्यूरो इंडोक्राइन ट्यूमर नामक बीमारी के भइले से 29 अप्रैल 2020 बंबई के कोकिलाबेन अस्पताल में इनकर निधन हो गयल।