अमरनाथ गुफा मंदिर
From Wikipedia, the free encyclopedia
अमरनाथ गुफा मंदिर भारत के जम्मू अउरी कश्मीर में हिंदू लोग खातिर पबित्र धाम हवे। अहिजा एगो गुफा में प्राकृतिक रूप से बरफ के शिवलिंग के निर्माण होला। हर साल इहाँ हिंदू तीर्थ यात्री लोग भारी संख्या में आवे ला जेकरा अमरनाथ यात्रा कहल जाला। जवना गुफा में ई मंदिर बा ऊ समुंद्र तल से लगभग 3,888 मीटर के ऊँचाई पर, श्रीनगर से करीबन 141 किलोमीटर[1] के दूरी पर बा, जहाँ पहलगाम कस्बा से हो के जाइल जाला। हिंदू धर्म माने वाला लोग खातिर एह तीर्थ के बहुत महत्व हवे।[2] गुफा के आसपास बरफ से तोपाइल पहाड़ बाने। गुफा खुदे साल के ज्यादातर समय बरफ से तोपाइल रहे ले, कुछ दिन खातिर गरमी के सीजन में तीर्थ यात्री लोग खातिर खुले ले।
Quick Facts अमरनाथ गुफा मंदिर, नाँव ...
अमरनाथ गुफा मंदिर | |
---|---|
नाँव | |
पूरा नाँव | अमरनाथ गुफा मंदिर |
भूगोल | |
भूगोलीय स्थिति | 34.2149°N 75.5008°E / 34.2149; 75.5008 |
देश | भारत |
State | जम्मू अउरी कश्मीर |
लोकेशन | पहलगाम, अनंतनाग |
संस्कृति | |
प्रमुख देवता | शिव |
इतिहास आ प्रशासन | |
रचनाकार | प्राकृतिक |
वेबसाइट | www |
Close